बिंदिया बाली ओठ के लाली 
सब ये रजऊ पूरा बा 
आँखि के कजरा केश के गजरा हांथो मे के चूड़ा बा 
ताम झाम रहे देआदिन 
बोलेली बड़ा घमंड से 
ठीकेदारी वाला फंड से 
लेले अइहs झुला झारखंड से 

अंतरा : 

ले अईनी गवना नाही भावना 
रउआ चेंनहतानी 
सुनी सुनी तनका उ पूरनका 
कब से पेनहतानी 
ए हो बलमुआ ईहे कद न कहल 
जात नइखे सहल घरवा मे रहल 
कहते कहते मुँह दुखाईल
पिछले साल के ठंड से 
ठीकेदारी वाला फंड से 
लेले अइहs झुला झारखंड से 

अंतरा : 

कहे मलिकाइन आ डिजाइन 
जेमे दिल होखे 
ज़ब हम देखी आ निरेखी 
मन गिल होखे 
प्रेमी अवधेश बाड़ 
लाखो मे एक मरदा
पूरा कद शरधा उड़ाईब खूब गरदा
ना त गोलू के लेखा 
जइबs उत्तर ब्राह्मण्ड से 
ठीकेदारी वाला फंड से 
लेले अइहs झुला झारखंड से